23 अप्रैल के मनीषा आरा के आरा रमना मैदान मे आपन गीतन के खुसबु बिखेरे जा रहल बाड़ी

भोजपुरी गीतन के लेके जवन आज एगो धारणा समाज मे भइल बा , ओकरा के बदले मे ढेर लोग लागल बा । ओहमे एगो बरियार नाँव ह – मखमली सुरों वाली लोकगायिका मनीषा श्रीवास्तव के । अपने मजगूत इच्छा के संगे मनीषा एगो नया प्रतिमान गढ़ रहल बानी । भोजपुरी भाषा आ ओकरे लोकगीतन के समृद्ध परम्परा बा, जवन मनई आ समाज के दिशा देवे मे सक्षम बा । गीत गवनई के जरूरत के पूरा करे मे सक्षम बा । मनीषा अपने लइकई से भोजपुरी लोकगीतन के बुझे , समझे…

Read More

विश्व भोजपुरी सम्मेलन के गाजियाबाद इकाई क शपथ ग्रहण सह पुस्तक लोकार्पण समारोह सम्पन्न भइल

विश्व भोजपुरी सम्मेलन के गाजियाबाद इकाई क शपथ ग्रहण समारोह आज आर डी मिमोरियल पब्लिक स्कूल मे आयोजित भइल । समारोह के शुरुवात मे उपस्थित अतिथि लोग माँ सरस्वती की प्रतिमा के  माल्यार्पण के संगही  दियरी प्रज्वलित क के आजु के समारोह क शुरुवात कइलन । ओकरे बाद समारोह मे आइल  लोक गायक श्री ओझा जी सरस्वती माई  के सम्मान मे एगो  भोजपुरी लोकगीत प्रस्तुत कइलन । ओकरे बाद समारोह के अध्यक्ष कृष्णा इंजीनियरिंग कालेज क डाइरेक्टर डॉ संदीप तिवारी जी  श्री अशोक श्रीवास्तव जी के अध्यक्ष आउर  जे पी…

Read More

भोजपुरी फिल्म “मन के कचोट” के भव्य मुहुर्त भइल

भोजपुरी सिनेमा अबही अपना स्वर्णिम दौर से गुजर रहल बा। एही क्रम में भोजपुरी सिनेमा के माध्यम से भोजपुरी भाषा विश्व में आउर प्रभावशाली बनल बिया। जेतना सिनेमा सशक्त भइल बा ओतने साहित्य भी सशक्त भइल बा। एही क्रम में एम भी ए फिल्मस के बैनर तले बने जा रहल भोजपुरी फिचर फिल्म “मन के कचोट” के दिल्ली के विजय एन्क्लेव, पालम में भव्य मुहुर्त सम्पन्न भइल। एह फिल्म के कहानी भोजपुरी आ हिन्दी के साहित्यकार वैद्यनाथ विभाकर जी के लिखल ह , पटकथा आ संवाद अभिषेक भोजपुरिया के लिखल…

Read More

भोजपुरिया हिन्दी क जानल मानल साहित्यकार केदारनाथ सिंह के अवसान

भोजपुरिया हिन्दी क जानल मानल साहित्यकार केदारनाथ सिंह दिल्ली के अखिल भारतीय आयुर्विज्ञान संस्थान (एम्स) में  आखिरी सांस ले लीहने . 86 वर्षीय केदारनाथ सिंह के करीब डेढ़ महिना पहले निमोनिया हो गइल रहे . ओही के बाद उ  बीमार चलत रहने । कुछ दिन पहिले पेट में संक्रमण के  शिकाइत के बाद उनका के  एम्स मे भर्ती करावल गइल रहे . केदारनाथ सिंह के जनम एक जुलाई 1934 के  उत्तर प्रदेश के बलिया जिला के  स्थित चकिया गांव में भइल रहल . बनारस हिन्दू विश्वविद्यालय से हिंदी में एमए…

Read More

संस्कार भारती गाजियाबाद के मासिक संगोष्ठी मे “कलही मेहरिया” पर खूब छूटल हँसी के फुहार

संस्कार भारती गाजियाबाद अपना मासिक संगोष्ठी मे संस्कार भारती के पहिलका परब “नव संवत्सर” मनवलस  । संस्कार भारती के ध्येय गीत आ सरस्वती बंदना के बाद भोजपुरी कवि आ संस्कार भारती शास्त्री नगर इकाई के अध्यक्ष जे पी द्विवेदी के संयोजन आ निर्देशन मे मुख्य अतिथि पूर्वाञ्चल भोजपुरी महासभा के अध्यक्ष अशोक श्रीवास्तव जी आ भोजपुरी कवि केशव मोहन पाण्डेय ,कवियत्री वीणा वादिनी चौबे , मधु भारती , डॉ वीणा मित्तल आ बी एल बत्रा जी माई सरस्वती के चित्र पर  माल्यार्पण कइने । । एह अवसर हिन्दी आ भोजपुरी…

Read More

हिन्दुस्तानी आवाम मोर्चा बिहार विधानसभा के चुनाव अकेलही लड़े के घोषणा कइलस

बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री अवुरी हिन्दुस्तानी आवाम मोर्चा (हम) के अध्यक्ष जीतनराम मांझी घोषणा कइलें कि उनुकर पार्टी बिहार विधानसभा के चुनाव अकेलही लड़ी  । मंगलवार के गया जिला के टनकुप्पा में पार्टी के कार्यकर्ता सम्मेलन के संबोधित करत मांझी कहले कि ‘केहु हमरा पार्टी के साथ देवे चाहे मत देवे, बिहार में हमनी के अकेले चुनाव लड़ेके।’ मांझी के ए बयान से साफ बा कि उ भाजपा के अगुवाई वाली एनडीए से उनकर रिसता नीमन नइखे भा इ उनुका दबाव बनावे के राजनीति बा । हालाँकि बिहार विधानसभा के…

Read More

मखमली सुरों की मल्लिका मनीषा श्रीवास्तव के होली एल्बम कल आ रहल बा –

आज जब श्लील गीतन के बात होता , त एगो भोजपुरी के पारंपरिक गीतन के अपने मखमली आवाज से सजावे आ सँवारे वाली गायिका मनीषा के इयाद करल जरूरी हो जाला । आज ले हम उनुका जेतनी गीत सुनले बानी, सब गीतन मे अपने माटी के सुगंध पवले बानी । कबो “मिथिला नगरिया मे शोर भइलें” , त कबों “अँगना मे रोवेली दुलारी धिया”  त कबों कवनों आउर , उनुकर गावल कूल्हे गीत मन के झकझोर जाले । हमरे खाति त उ हमार छोट बहिन बानी । उनके प्रगति ला…

Read More

बाल साहित्य भारती सम्मान से द्विवेदी जी के सम्मानित कइल गइल

लमहर समय से नीमन नीमन बाल साहित्य रचत आवत भोजपुरी आ हिन्दी के अनन्य  साधक भगवती प्रसाद द्विवेदी जी के आजु उत्तर प्रदेश हिंदी संस्थान का तरफ से दू लाख रुपिया नगद पुरस्कार का साथे बाल साहित्य भारती सम्मान से मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ का हाथ से सम्मानित कइल गइल ह. भोजपुरी साहित्य सरिता परिवार द्विवेदी जी के एह उपलब्धि पर उहाँ के कोटिश बधाई अउर शुभकामना दे रहल बा । आजु भगवती प्रसाद द्विवेदी जी के मिलल एह सम्मान से पूरा भोजपुरी जगत अपना के सम्मानित महसूस करत बा. भगवती बाबू भोजपुरी का साथ ही…

Read More

दिल्ली के 20 विधायक अयोग्य करार

दिल्ली के केजरीवाल सरकार  पर एह घरी  एगो नया संकट आइल बा । प्रशांत पटेल के जनहित याचिका के धियान राखत चुनाव आयोग के बैठकी मे 20 विधायक लोगन के लाभ के पद पर रहला खाति अयोग्य करार दिया गइल बा । लाभ के पद से जुडल मामला में चुनाव आयोग आम आदमी पार्टी के 20 विधायक के सदस्यता रद्द करे के सिफ़ारिश राष्ट्रपति लगे भेज के ए संकट के पैदा कईले बा। अब ए लोग के बारे में अंतिम फैसला राष्ट्रपति रामनाथ कोविन्द करिहे। राष्ट्रपति के फैसला अब तय…

Read More

हज पर जाये खाति दीहल जाये वाली सब्सिडी बंद हो गइल

हज पर जाये खाति दीहल जाये वाली सब्सिडी के  सरकार असों खतम क दीहलस । एकर मतलब इ बा कि 2018 से जे हज पर जाई  उ आपन पूरा ख़रच खुदे करी । केंद्रीय अल्पसंख्यक कल्याण मंत्री मुख्तार अब्बास नकवी कहने कि सभे के इच्छा होला कि उ हज अपने  गाढ़ी कमाई से करे। आउर  इ सरकार तुष्टीकरण के खाति कवनो फैसला ना करे । ओकरे बिना पूरे सनमान से सभे के मजगुत बनावल चाहत बिया । एही बदे सब्सिडी खाति दीहल जा रहल 700 करोड़ के अल्पंसख्यक लइकिन आ…

Read More