8 वां भोजपुरिया स्वाभिमान सम्मेलन पंजावर में सम्पन्न भइल

नई दिल्ली। देश के पहिला राष्ट्रपति आ भोजपुरिया माटी के आन-बान-शान के परतीक देशरत्न डॉ० राजेन्द्र प्रसाद के जयंती के दिन आखर परिवार के ओरी से भोजपुरिया स्वाभिमान दिवस मनावल गइल । सीवान के रघुनाथपुर प्रखण्ड के पंजवार गाँव में आयोजित एह आठवाँ स्वाभिमान सम्मेलन के उदघाटन बिहार पुलिस के महानिदेशक श्री गुप्तेश्वर पांडे जी कइले । उहाँ के भोजपुरी भाषासाहित्य व संस्कृति के खातिर लोगन के श्रद्धा प्रेम के बड़ाई कईनी । आपन बात राखत श्री पांडे जी बिहार सरकार के शराबबंदीबाल विवाह आ दहेज के खिलाफ चलावल अभियानन के समर्थन कइनी ।

समारोह के शुरुआत स्कूली लइका-लईकिन के प्रभात फेरि से भइल। मंगलाचरण आउर उदघाटन सत्र के बाद सांस्कृतिक कार्यक्रम के रंग चढ़ल त अगिला दिन बजे भोर तक रहल ।आखर सुर सम्मान प्रतियोगिता के विजेता सब के सम्मान के साथे भोजपुरिया संगीत सम्राट भरत शर्मा व्यास के गीतन के रस में समारोह सराबोर भइल । जहाँ आरा से आइल संभावना स्कूल के छात्र सब चिरईं आ दाना के गीत पर आपन प्रस्तुति देले ओहिजे गोपालगंज से आइल लोकलहरी टीम केपारंपरिक गीत सुनवलस । बिस्मिल्लाह खान संगीत विश्वविद्यालय के विद्यार्थी सब के प्रस्तुति नाटक फुलसूंघी के मंचन भइल । नृत्य नाटिका प्रस्तुत करत नृत्य गुरू के द्रौपदी विलाप आ संगीतकार चित्रगुप्त के गीतन पर नृत्य नाटिका के सब कोई सराहल ।आखर टीम के सदस्य चन्दन तिवारी आउर शैलेंद्र मिश्र एक से बढ़ के भोजपुरी गीतन के प्रस्तुति देलस लोग ।

एह अवसर पर भोजपुरी के 12 गो विभूति लोग के समर्पित कैलेंडर”भोजपुरिया स्वाभिमान” के विमोचन भइल । देश विदेश से आइल आखर परिवार के सदस्य लोग के अलावे विधान पार्षद प्रोफेसर विरेन्द्र नारायण यादवपूर्व पुलिस अधिकारी धूर्व गुप्तामोहन प्रसाद विद्यार्थीसौरभ पाण्डेयप्रोफेसर मुन्ना पाण्डेय के विशेष सहभागिता रहल । कार्यक्रम के संचालन संजय कुमार सिंह आ कार्यक्रम के समापन पर धन्यवाद ज्ञापन ब्रजकिशोर तिवारी कइले ।

  • लाल बिहारी लाल

Related posts

Leave a Comment