भोजपुरी दिल प राज करेवाली भाषा ह – प्रोफेसर कपिलदेव मिश्र

सतना, मध्यप्रदेश. ‘भोजपुरी दिल प राज करेवाली भाषा ह I इ दुनिया के बहुत बड़ हिस्सा में आपन जगह बना चुकल बिया आ लगातार एकर बिकास आ प्रसार होत जा रहल बा I’ बतौर मुख्य अतिथि इ बात रानी दुर्गावती विश्वविद्यालय के कुलपति प्रोफेसर कपिलदेव मिश्र जी सतना भोजपुरी समाज द्वारा १० दिसंबर २०१७ के दिन आयोजित सम्मान समारोह में कहनी. सतना माइन्स के वाइस प्रेसिडेंट श्री अशोक सिंह जी के अध्यक्षता में संपन्न एह कार्यक्रम में भोजपुरी समाज सतना के अध्यक्ष शैलेन्द्र उपाध्याय जी अतिथि लोगन के स्वागत कइनी…

Read More

अन्हरिया मे हलचल भइल

भोरहीं उग्गल किरिनियाँ के भाग अन्हरिया मे हलचल भइल ।   तारीख पचीस आ पूस महिनवाँ माई भारती क रहे शुभ दिनवाँ लीहलें अजुवे मदन अटल राग अन्हरिया मे हलचल भइल ।   छनकल केहरो केहू के मनवाँ भइलें हुलास उमगल अंगनवाँ चंहकल गोइड़ा के हरियर बाग अन्हरिया मे हलचल भइल ।   मदन जरवने काशी ज्ञान दियरी पोखरण विस्फोट, पहिनी पियरी दहकल दुनिया मे भारत के आग अन्हरिया मे हलचल भइल ।   भोरहीं उग्गल किरिनियाँ के भाग अन्हरिया मे हलचल भइल ।   जयशंकर प्रसाद द्विवेदी

Read More