हज पर जाये खाति दीहल जाये वाली सब्सिडी बंद हो गइल

हज पर जाये खाति दीहल जाये वाली सब्सिडी के  सरकार असों खतम क दीहलस । एकर मतलब इ बा कि 2018 से जे हज पर जाई  उ आपन पूरा ख़रच खुदे करी । केंद्रीय अल्पसंख्यक कल्याण मंत्री मुख्तार अब्बास नकवी कहने कि सभे के इच्छा होला कि उ हज अपने  गाढ़ी कमाई से करे। आउर  इ सरकार तुष्टीकरण के खाति कवनो फैसला ना करे । ओकरे बिना पूरे सनमान से सभे के मजगुत बनावल चाहत बिया । एही बदे सब्सिडी खाति दीहल जा रहल 700 करोड़ के अल्पंसख्यक लइकिन आ मेहरारून के शिक्षा पर करी ।

सुप्रीम कोर्ट के हिसाबों से 2022 तक हज सब्सिडी खत्म करे के रहल ।बाकि  केंद्र सरकार के निरनय बा कि  ओकरा के  असवें से खतम क दीहल जाव

Related posts

Leave a Comment