संस्कार भारती गाजियाबाद के साहित्य संगोष्ठी आ रचनाकार सम्मान समारोह सम्पन्न भइल ।

गाजियाबाद | गाजियाबाद के नेहरू नगर स्थित सरस्वती शिशु मंदिर मे 19/11/2017 के 3 बजे साहित्य संगोष्ठी आ रचनाकार सम्मान समारोह आयोजित भइल रहे । ओहमे गाजियायाबाद के चार रचनाकारन के सम्मानित कइल गइल । सम्मानित रचनाकारन मे इन्द्र प्रसाद अकेला , राजेन्द्र कुमार बंसल , प्रवीण कुमार आ जयशंकर प्रसाद द्विवेदी रहने । ई सम्मान समारोह संस्कार भारती गाजियाबाद पहली बेर शुरू कइलस । संस्कार भारती के संगे संगे “ए जी एस , ग्रूमिंग एकेडमी” अपने ओरी से चारो रचनाकारन के सम्मानित कइलस । गाजियाबाद मे पहली बेर कवनों भोजपुरी कृति खाति रचनाकार के सम्मानित कइल गइल । गाजियाबाद के धरती हिन्दी के साहित्यकारन खाति जानल जाले, उहवाँ भोजपुरी के कवनों कृति के सम्मान मिलल गर्व के बात बाटे ।

सम्मान समारोह के बाद साहित्य संगोष्ठी के आरंभ भइल । जवने मे करीब 35 कवि लोग आपन रचना पाठ कइलन । काल्हु  के गोष्ठी के खास विशेषता इ रहे कि हिन्दी , संस्कृत ,पंजाबी आ भोजपुरी सहित चार गो भाषा मे काव्य धारा बहल । काव्य गोष्ठी करीब 4 घंटा ले चलल । गोष्ठी के अध्यक्षता आदरणीया श्रीमति मधु भारती जी आ मंच संचालन डॉ राजीव पांडेय जी कइने ।

Related posts

Leave a Comment