संस्कार भारती ग़ाज़ियाबाद के काव्य गोष्ठी सम्पन्न

फतनपुर प्रतापगढ़ से आइल कवि डॉक्टर कैलाश नाथ मिश्र जी के सम्मान में संस्कार भारती ग़ाज़ियाबाद एगो शानदार काव्य गोष्ठी का आयोजन एच-४९,प्रताप विहार में कइलस l संस्कार भारती मेरठ प्रांत के साहित्य विधा प्रमुख श्री चंद्रभानु मिश्र के संयोजन आ वरिष्ठ शायर सुरेन्द्र शर्मा जी के संचालन में बहुते शानदार आयोजन रहल l कार्यक्रम में श्री कैलाश नाथ मिश्र जी के सम्मानित कइल गइलl कैलाश नाथ मिश्र जी के अध्यक्षता में कई गो कवि लोग सुंदर काव्य पाठ कइलन जवना मे वरिष्ठ कवि मोहन द्विवेदी जी,गीतकार सतीश सार्थक जी,कवि नरेंद्र मोहन कपूर जी,चंद्रभानु मिश्र जी,सुरेन्द्र शर्मा जी,महामंत्री जयप्रकाश मिश्र जी,शास्त्रीनगर अध्यक्ष जयशंकर प्रसाद द्विवेदी जी,विनोद पाण्डेय,पीयूष मालवीय जी एवं कुशल कुशवाहा जी के नाम उल्लेखनीय बा ।

Related posts

Leave a Comment