लाल विहारी लाल के लोक गीत आ छठ गीत के शूटिंग भइल

नई दिल्ली। कवि,लेखक,पत्रकार आ समाजसेवी लाल बिहारी लाल के 4 गो लोक गीत आ तीन गो छठ गीत के शूटिंग प्रज्ञा म्यूजिक कंपनी खातिर कक्ड़ फार्महाउस में भइल जेकर निर्देशक पी. कृष्णा हवे, जेमें स्वर देहले बानी सुपर स्टार लोक गायक राधे श्याम रसिया,हीरा पाठक,पूनमपांडे और अमित मिश्रा आ संध्या संगम। एकर बोल बा- हमरा सक लागता,गर्दा उड़ावेलू, मेरी जान सोना,जान हाजिर बा, हे छठी मईया रखिह सेनुरवा के लाज, बहंगी लचकत जाये, बढ़ गइल महंगाई हो छठी मईया । ई सब गीत प्रज्ञा म्यूजिक कंपनी प्रा. लि.कंपनी से रिलीज होई।अमित मिश्रा खातिर गीत काजल सोनी जी लिखले बानी । एकरा पहिलहु लाल बिहारी लाल कई गो कंपनी के खातिर हिंदी आ भोजपुरी सौ गो से बेसी गीत लिख चुकल बानी। बहुत ही जल्दी ई सब गीत यू ट्यूब पर रिलीज होई ।

-सोनूगुप्ता

Related posts

Leave a Comment