लाल बिहारी लाल के दू गो लोक गीत – सातों जनम तोहरा से, लड़ल नजर रिकार्ड्भइल

सोनूगुप्ता

नई दिल्ली। कवि,लेखक,पत्रकार आ समाजसेवी लाल बिहारी लाल केदू गो लोक गीत सातों जनम आ तोहरा से लड़ल नजरिया प्रज्ञा म्यूजिक कंपनी प्रा. लि. से पंकज कुमार के निर्देशन में हेमा हैप्पी एवं राज किशोर के आवाज में रिकार्ड भइल ह।लाल के हाल ही में दू गो भोजपुरी लोक गीत आर.एन. फिल्मस् एंड मीडिया कंपनी से – पिया निरमोही, बलम निरमोही आ दूसरका अबत घरे आजा बालमा रिकार्ड भइल रहे..। जेकरा में स्वर देले बारी लोक गायिक कंचन प्रिया । एह गीतन में एक गीत यू ट्युब पर पिया निरमोही,बलम निरमोही नाम से जारी(रिलीज)कर दिहल गइल बा आ दूसर का पर काम तेजी से होता जे उहो बहुत जल् रिलीज होखे वाला बा।

लाल बिहारी लालके हाल ही में लोक गायक राज किशोर के आवाज में टूटे दिल की आवाज आ एकरा से पहिले भोजपुरी कांवर भजन देवघर में भेंट होई ए जान रिलीज भइल रहे। लोक गायक चेद्रसेखर फौजी की आवाज में मैया अंबे को जोत जगा के भी आर.एन. फिल्मस् एंड मीडिया कंपनी से रिलीज भइल रहे। एकरा से पहले लाल बिहारी लाल टी.सीरीज, एच.एम.वी , वीनस,यू.की. रामा, मैक्स, सोनू टेक, चंदा,गंगा,गाजा भारती,एंगल सहित दर्जनों कंपनियों केखातिर दर्जनों गायक-गायिका खातिर सैकड़ों गीत लिख चुकल बानी। इनकर लिखल कई गो गीत नब्बे के दशक में काफी हीट भइल रहे जे आज भी बाजार में खूब चलता/बाजता। इनकर लिखल गीत गावे वाला में- तारा बानो फैजाबादी,शायरा बानो फैजावादी,नरेन्द्र सागर,संजय प्रभाकर, रमायण सिंह राकेट,सरिता साज,शर्मिला पांडे,जय राम जुल्मी,राज किशोर,कंचन प्रिया,रेखा रानी,हेमा हैप्पी उ हई हिंदी में मो. शफी कुरैसी,हेमा ध्यानी गवले बारे। इनकरभोजपुरी कविता-क्रांति बिहार के मगध ओपेन विश्वविद्यालय के एम. ए. आ अंबेडकर बिहार विश्वविद्यालय के बी.ए. के पाठ्यक्रम में भी शामिल बा । इनकरा भोजपुरी आ हिंदी साहित्य सेवा के खातिर दर्जनों सम्मान मिल चुकल बा । भोजपुरी भाषा पर गायक मनोज लहरी की आवाज में भी एक गीत रिकार्ड भइल ह ।जेमें संगीत देले बानी-अशोक निर्मल जी । कजरी पर काम होता जो बहुत जल्दी रिकार्ड होई।

Related posts

Leave a Comment