लाल बिहारी लाल के दर्द भरल गीत-टूटल दिल के आवाज रिकार्ड्स भइल

सोनू गुप्ता

नई दिल्ली। कवि,लेखक,पत्रकार आ समाजसेवी लाल बिहारी लाल के दर्द भरल गीत दुटल दिल के आवाज पंकज कुमार के निरदेसन में प्रज्ञा म्यूजिक कंपनी खातिर राज किशोर की आवाज में रिकार्ड भइल ह। एकरा से पहिले दू गो भोजपुरी लोक गीत-आर.एन फिल्मस मीडिया खातिर रेकारड भइल रहे। एह गीत में आवाज लोक गायिका कंचन प्रिया के रहे आ एकर बोल पहिलका गीत के बा- पिया निरमोही,बलम निरमोही जे रिलीज हो गइल बा आ दूसरका गीत के- अब तघरे आजा बालमा.पर काम तेजी से चल रहल बा.। जे जल्दी बाजार में आवे वाला बा।

लाल बिहारी लालके कुछ दिन पहिले माता के भजन मइया अंबे को जोच जगा के चंद्रशेखर फौजी के वाज मेंआ भोजपुरी कांवर भजन देवघर में भेंट होई ए जान राज किशोर के आवाज में रिलीज भइल रहे। । एकरा से पहिले लाल बिहारी लाल के सौ से जादा गीत टी.सीरीज,एच.एम.वी, वीनस,यू.की. रामा, मैक्स, सोनूटेक,चंदा,राठौर कैसेट्स के साथे दर्जनों कंपनी खातिर दर्जन भर गायक आ गायिका खातिरगीत लिख चुकल बानी। इनकर लिखल कईगो गीत नब्बे के दशक में काफी हीट भइल रहे जवन आज भी बाजर में खूब चल रहल बा । इनकर गीत गावे वाला में तारा बानो फैजाबादी,शायराबानो फैजावादी,नरेन्द्र सागर,संजय प्रभाकर,रमायण सिंह राकेट,सरिता साज,शर्मिलापांडे,जय राम जुल्मी,राज किशोर, कंचन प्रिया,रेखा रानी आ हिंदी में मो.सफीकुरैसी,हेमा ध्यानी,कंचन प्रिया आदि गइले बावे लोग । इहां के भोजपुरी कविता-क्रांतिबिहार के मगध ओपेन विश्वविद्यालय के एम.ए. आ अंबेडकर बिहार विश्वविद्यालय के बी.ए. के पाठ्यक्रम में भी शामिल बा। इहां के भोजपुरी आ हिंदी साहित्य सेवा खातिर कई गो सम्मान भी मिल चुकल बा। भोजपुरी भाषा पर गायक मनोज लहरी के आवाज में भोजपुरी भाषा पर बहुत जल्दी रिकार्ड होखे वाला बा। उम्मीद बा कि अगस्त के पहिला हप्ता में भोजपुरी भाषा पर ई  गीत बाजार में आ जाई।

 

Related posts

Leave a Comment