लाल बिहारी लाल के कांवर भजन भइल रिकार्ड

  • सोनू गुप्ता

नई दिल्ली। कवि,लेखक पत्रकार आ समाजसेवी लाल बिहारी लाल केदू गो कांवर भजन पहिला- बम-बम कहत कांवरिया चल,बाबा के नगरिया चल ,बाबा करिहेंकल्याण न नू हो राम तथा दूसरा कांवर लेके जाइब हम भोला नगरी भोला आश पुरईंहे मन केसगरी…।एह गीत के स्वर देले बानी लोक गायक राज किशोर जी। तथा ई गीत प्रज्ञा कंपनीटीम से बहुत जल्द बाजार में आई। एह गीत के देवघर में भेंट होई ए जान एलबम के तहतरिलीज कईल जाई।

लाल बिहारी लालएकरा से पहिले सैकड़ों गीत टी.सीरीज, एच.एम.वी आ वीनस सहित दर्जनों कंपनी खातिर दर्जनोंगायक गायिकाओं के खातिर लिख चुकल बानी। इनकर लिखल कई गो गीत नब्बे के दशक में काफीहीट भइल रहे जे बाजर में आज भी चल रहल बा। इनकर गीत गावे वाला में तारा बानो फैजाबादी,शायराबानो फैजावादी,नरेन्द्र सागर,संजय प्रभाकर,रमायण सिंह राकेट,सरिता साज,शर्मिला पांडे, जय राम जुल्मी,अता चालुकदार आदि शामिल बारे।इनकर भोजपुरी कविता-क्रांतिबिहार के मगध ओपेन विश्वविद्यालय के एम ए आ अंबेडकर बिहार विश्वविद्यालय के बी.ए.के पाठ्यक्रम में भी बा। ईहां के भोजपुरी साहित्य सेवा खातिर कई गो सम्मान भी मिल चुकल बा।

Related posts

Leave a Comment