मेधावी छात्र सम्मान- पूर्वाञ्चल भोजपुरी महासभा के बढ़त डेग

दिनांक 17/06/18 के पूर्वाञ्चल भोजपुरी महासभा अपने अध्यक्ष श्री अशोक श्रीवास्तव जी के अगुवाई मे मेधावी छात्रन के मीनामल धर्मशाला मे आयोजित एगो सम्मान समारोह मे सम्मानित कइल गइल । एह सम्मान समारोह मे मुख्य अतिथि लेबर कमिश्नर गाजियाबाद आ अध्यक्षता डॉ M K Singh (प्रो0 & चीफ कोआर्डिनेटर) कृष्णा इंजीन्यरिंग कालेज के सानिध्य मिलल । विशिष्ट अतिथि के रूप मे Rtd Commisnar श्री पाण्डेय जी , पूर्वाञ्चल भोजपुरी महासभा के चेयरमैन श्री के के तिवारी जी आ विश्व भोजपुरी सम्मेलन गाजियाबाद इकाई के महामंत्री आ भोजपुरी कवि जे पी द्विवेदी समारोह मे सिरकत कइलें। जहां अतिथि गण अपने प्रेरक शब्दन से छात्रन के उज्जवल भविष्य के प्रेरणा दीहले । समारोह मे कुल 132 छात्रन के प्रशास्ति पत्र आ प्रतीक चिन्ह दे के सम्मानित कइल गइल । धन्यवाद ज्ञापन पूर्वाञ्चल भोजपुरी महासभा के अध्यक्ष श्री अशोक श्रीवास्तव जी कइलें ।

Related posts

Leave a Comment