मन उमगाइल

बहिना के बा मन उमगाइल, राखी के परवान

भइया नेहिया से अनजान ॥

खोरी – खोरी बाटे डेराइल

निनियो के बा चैन हेराइल

गाँव शहर सुनसान बज़रिआ, सत्ता के अभिमान

भइया नेहिया से अनजान ॥

बहिना के खोईंछा बा खाली

रखिहा हमरे मुँहवा के लाली

अन धन ना रूपिया चाही , दीहा नेह सनमान

भइया नेहिया से अनजान ॥

सगुन दिनवा राह निहारेली

नेह क डोर हथवे बान्हेली

हहरि असीसिहें नइहरवा, रोजही साँझ बिहान

भइया नेहिया से अनजान ॥

दुधही नहाया, पूतहीं फरिहा

बहिना क थाती नेह सरिहरिहा

तहरी किरती के सूरज क, ना होखे अवसान

भइया नेहिया से अनजान ॥

  • जयशंकर प्रसाद द्विवेदी

Related posts

Leave a Comment