भोजपुरिया हिन्दी क जानल मानल साहित्यकार केदारनाथ सिंह के अवसान

भोजपुरिया हिन्दी क जानल मानल साहित्यकार केदारनाथ सिंह दिल्ली के अखिल भारतीय आयुर्विज्ञान संस्थान (एम्स) में  आखिरी सांस ले लीहने . 86 वर्षीय केदारनाथ सिंह के करीब डेढ़ महिना पहले निमोनिया हो गइल रहे . ओही के बाद उ  बीमार चलत रहने । कुछ दिन पहिले पेट में संक्रमण के  शिकाइत के बाद उनका के  एम्स मे भर्ती करावल गइल रहे .

केदारनाथ सिंह के जनम एक जुलाई 1934 के  उत्तर प्रदेश के बलिया जिला के  स्थित चकिया गांव में भइल रहल . बनारस हिन्दू विश्वविद्यालय से हिंदी में एमए आउर  फिर पीएचडी कइलें. दिल्ली के जवाहर लाल नेहरू विश्वविद्यालय के भारतीय भाषा केंद्र में बतौर आचार्य आउर  अध्यक्ष के रूप में आपन सेवा दीहने ।  हिंदी सिनेमा के दिग्गज गीतकार, पटकथा लेखक आ निर्देशक गुलज़ार केदारनाथ सिंह के आपन उस्ताद मानत रहलें । 2013  में उन्हें 49वें ज्ञानपीठ पुरस्कार से नवाजल गइल रहल ।

Related posts

Leave a Comment