बिहार मे अब राजद के लालटेन के सँभारी ?

आज आवे वाला फैसला लालू यादव आ राजद के भविष्य तय करी । एह पर सभके नजर लागल बा । उनुकर दूनों बेटा लोग सभके एकजुट राखत पाटी के सँभार पइहे ई एगो लमहर सवाल बाटे । एह घरी राजनीति के गलियारन मे इहे चरचा गरम बा । एही बीच तेज प्रताप के कोरट के अवमानना के नोटिस मिल चुकल बा आ 10 दिन मे ओकरो जबाब देवे के परी ।  लालू यादव के एगो आपन अलग अंदाज बा अवुरी पार्टी के चलावे के अलग तरीका बा।

 

वरिष्ठ पत्रकार अवुरी बिहार के राजनीति के नजदीक से समझे वाला प्रमोद दत्त के कहनाम बा कि पार्टी के भीतर असंतुष्ट के सम्हारल तेजस्वी के बदे कठिन काम हवे । तेजस्वी अवुरी तेज प्रताप पूरा पार्टी अवुरी प्रदेश स्तर के नेता के सम्हारे में सफल होखिहें , इ संभव देखाई नइखे देत।

 

फोटो – साभार दी भोजपुरी

Related posts

Leave a Comment