बाल साहित्य भारती सम्मान से द्विवेदी जी के सम्मानित कइल गइल

लमहर समय से नीमन नीमन बाल साहित्य रचत आवत भोजपुरी आ हिन्दी के अनन्य  साधक भगवती प्रसाद द्विवेदी जी के आजु उत्तर प्रदेश हिंदी संस्थान का तरफ से दू लाख रुपिया नगद पुरस्कार का साथे बाल साहित्य भारती सम्मान से मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ का हाथ से सम्मानित कइल गइल ह.

भोजपुरी साहित्य सरिता परिवार द्विवेदी जी के एह उपलब्धि पर उहाँ के कोटिश बधाई अउर शुभकामना दे रहल बा आजु भगवती प्रसाद द्विवेदी जी के मिलल एह सम्मान से पूरा भोजपुरी जगत अपना के सम्मानित महसूस करत बा.

भगवती बाबू भोजपुरी का साथ ही हिन्दिओ के वरिष्ठ साहित्यकार हईं.

Related posts

Leave a Comment