पुराना बस अड्डा व्यापार मण्डल के चुनाव सम्पन्न भइल

पुराना बस अड्डा व्यापार मण्डल के साधारण सभा के बैठक भइल । जवने मे व्यापार मण्डल के मुख्य तीन पदाधिकारियन अध्यक्ष श्री विवेक गोयल , महामंत्री खाति मो इमरान कुरैसी आ कोषाध्यक्ष ला श्री रवि जान के चुनाव कइल गइल । फेर साधारण सभा सर्व सम्मति से एह तीनों जना के आपन कार्यकारणी गठित करे के अधिकार दे दीहलस । 2-3 दिन मे पूरा कार्यकारणी के घोषणा होखे के संभावना जतावल गइल । अध्यक्ष के रूप मे दोबारा से चुनाइल श्री विवेक गोयल जी आश्वासन दिहने कि पूरे तागत से मार्केट के विकास मे लगल जाई । व्यापारीयन के कुल्हि दिक्कत के समाधान करे के परयास होखी । मालूम होखे कि अध्यक्ष के रूप मे श्री विवेक गोयल जी बेगर कवनों  विरोध के चुनल गइल बाड़े । भोजपुरी कवि जे पी द्विवेदी नवकी टीम के चुनाव पर प्रसन्नता व्यक्त कइने आ कूल्हे नव निर्वाचित पदाधिकारियन के शुभकामना दीहने ।

Related posts

Leave a Comment