दिसम्बर में दिल्ली में होई भोजपुरी लिट्रेचर फेस्टिवल

नई दिल्ली
भोजपुरी एसोसिएशन आॅफ इंडिया के दिल्ली चैप्टर के काल्ह आतंरिक बैठक में ई निर्णय लिहल गइल कि एह साल दिसम्बर के महीने में दिल्ली में ‘भोजपुरी लिट्रेचर फेस्टिवल’ के आयोजन कइल जाई। एकरा खातिर  रजिस्ट्रेशन 15 अक्टूबर से ‘भोजपुरी लिट्रेचर फेस्टिवल डाॅट काॅम’ पर कइल जा सकेला ।
असोसिएशन के मानल जाव त एह फेस्टिवल के बहाने भोजपुरी के सगरो सांस्कृतिक आ सामाजिक पहलुअन के समेटे के कोशिश होई। एह मोका पर मुख्य रुप से दिल्ली चैप्टर से केशव मोहन पाण्डेय, राजेश कुमार माँझी,जयशंकर प्रसाद द्विवेदी, राजीव उपाध्याय, रविशंकर सिंह, सुनिल सिन्हा, ओमप्रकाश मिश्र, जलज कुमार अनुपम, ओम प्रकाश मिश्र आ विकास शर्मा जी मौजूद रहनी।

Related posts

Leave a Comment