दिल्ली के 20 विधायक अयोग्य करार

दिल्ली के केजरीवाल सरकार  पर एह घरी  एगो नया संकट आइल बा । प्रशांत पटेल के जनहित याचिका के धियान राखत चुनाव आयोग के बैठकी मे 20 विधायक लोगन के लाभ के पद पर रहला खाति अयोग्य करार दिया गइल बा । लाभ के पद से जुडल मामला में चुनाव आयोग आम आदमी पार्टी के 20 विधायक के सदस्यता रद्द करे के सिफ़ारिश राष्ट्रपति लगे भेज के ए संकट के पैदा कईले बा। अब ए लोग के बारे में अंतिम फैसला राष्ट्रपति रामनाथ कोविन्द करिहे।

राष्ट्रपति के फैसला अब तय करी कि 20 सीट पर फेर से चुनाव होई भा ना होई । बाकि एह फैसला से सरकार पर कवनों असर ना पड़ी । काहें से कि दिल्ली के 70 सीट वाली विधानसभा में आम आदमी पार्टी के फिलहाल 66 विधायक बाड़े अवुरी ए 20 सदस्य के सदस्यता रद्द होखला के बावजूद पार्टी लगे 46 विधायक बचिहे बहुमत खाती जरूरी 36 के आंकड़ा के पूरा क लिही।

Related posts

Leave a Comment