उत्तर भारत मे बरियार ठंढ

एह घरी समूचा उत्तर भारत मे बरियार ठंढ पर रहल बिया आउर जम्मू-कश्मीर में पारा जमाव बिंदु से कई डिग्री सेल्सियस नीचे चल गइल बा । ओही मे  पंजाब, हरियाणा आउर  उत्तर प्रदेश कुहास के लपेट मे आ गइल बा ।

राष्ट्रीय राजधानी दिल्ली में, लमहर  कुहास के चलते  छव  गो  उड़ान आउर  21 गो ट्रेन रद्द क दीहल गइल बा । राष्ट्रीय राजधानी में मंगलवार के  न्यूनतम तापमान 8.4 डिग्री सेल्सियस रिकॉर्ड भइल  उहें  अधिकतम तापमान 17.7 डिग्री सेल्सियस दर्ज भइल बा जवन जो मौसम के  अबतक के  सबसे कम तापमान बा ।

कश्मीर में लोग लमहर ठंड के भोगत बाड़ें  आउर पारा शून्य से कई डिग्री सेल्सियस नीचे चला गइल बा । उहवाँ तापमान शून्य से 4.3 डिग्री सेल्सियस नीचे दर्ज कइल गइल ।

Related posts

Leave a Comment